कवनो सगुना उचारिं रउआ पतरा में हमर पियावा भुला गइलें छपरा में आस रहे नथुनी के भेजनी बजरवा, भूल भईल एतने कि रहनी ना पंजरवा, हम त सेतीहे में पड़ गइनी लफड़ा में। लिखीं ना दरोगा जी एगो रिपोट जी, अबला के क दीं ना तनिका सपोट जी, तनिका जोहिं ना बाड़ें पिया खतरा में। नान्हें बलम के उमर लड़कइयाँ, देवता पितर गोहराईं गोसइयाँ, बाड़ें अमित बलमुआ अफतरा में।
Posts
- Get link
- X
- Other Apps
नथिया झुमका बिंदिया बाली, सब जगह पर बाटे काहे अखियां टुकटुक ताके। तनी बोल $ ए जान, बोलिए में महुआ के रस टपके तोहर नैना के बान, आके करेजवा के बीचे अटके अँखिया चार भईल बा जब से, मुस्की तोहर डांटे। का बतलाईं सुख केतना मिलल बा तोहके पाके। बन अंजोरिया के चांन, अंगना में हमारा अंजोर करतू हमर राखि लेतू मान, संझिया से जागल तू भोर करतू साजल सपना सच कई दीहतू, मन पिंजरा में ना आटे। धनिया कोरा आ के। साध लागल गोरी, ध $के अकवरिया नेहाल होइती तू रूस जईतू, मनावेला हमहूँ बेहाल होइती अमित के कुछऊ निक ना लागे तोहरा के बिसरा के।
- Get link
- X
- Other Apps
केकरा से मिलके आवत बाड़ू दिलजानी हो, छोड़ $ मनमानी हो। ए जान कवनो मन में ससपीसन ना चाहीं तोहरा माई बाबू केहू के परमिशन ना चाहीं। नान्हें उमर से लागल तोहरे आस हो काहे नाही करत बाड़ू हमर बिसवास हो बेरी बेरी हमरा रीभीजन ना चाहीं। तोहरी सुरतिया ना बिसरे धेयान से तोहरा के रोजे माँगिले भगवान से तिलक दहेज के पोजीसन ना चाहीं। बबुआ बीरेंदर के हाथ लागी जहिया छूट जाई सखियन के साथ गोरी तहिया अमित से कवनो रिलेशन ना चाहीं।
- Get link
- X
- Other Apps
टोना लागे ना केहू के गोरी, ई उमड़ल जवानी में। जईसे अखियां के जोति, सीप बन जाले मोती, बूंन पड़ते सेवाती के पानी में। ओठवा के लाली बिहँसि जान मारे, अखियां दूनों मयखाना बा। जेने जेने जालू तू हल्फा मचवले, केना तोहर दीवाना बा हीर रांझा अबे, लैला मजनू सभे, बाड़ें भटकत ई प्रेम के कहानी में। लहरेला केसिया त अईसन जनाला,बरसी सवनवा बधार में, केतना घवाहील भईल बाड़ें बबुनी, लपकत कजरा के धार में, छोड़ अंगना के मोह, घूम $ तानी ले के टोह, मिले आ जईतू परसो दलानी में। सांवरिया संदीप से कहिके, दिन-सुदिन दिखा लिहतू, पिंटू बनल बाड़ें लहूरा देवर त $, जतरा उनको बना दिहतू, मान लेबू एगो बात, केहू करी नाहीं घात, गोरी राखिल $ अमित के निगरानी में।