टोना लागे ना केहू के गोरी, ई उमड़ल जवानी में। 
जईसे अखियां के जोति, सीप बन जाले मोती,
बूंन पड़ते सेवाती के पानी में।

ओठवा के लाली बिहँसि जान मारे, अखियां दूनों मयखाना बा।
जेने जेने जालू तू हल्फा मचवले, केना तोहर दीवाना बा
हीर रांझा अबे, लैला मजनू सभे, बाड़ें भटकत ई प्रेम के कहानी में।

लहरेला केसिया त अईसन जनाला,बरसी सवनवा बधार में,
केतना घवाहील भईल बाड़ें बबुनी, लपकत कजरा के धार में,
छोड़ अंगना के मोह, घूम $ तानी ले के टोह,
मिले आ जईतू परसो दलानी में।

सांवरिया संदीप से कहिके, दिन-सुदिन दिखा लिहतू, 
पिंटू बनल बाड़ें लहूरा देवर त $, जतरा उनको बना दिहतू, 
मान लेबू एगो बात, केहू करी नाहीं घात, 
गोरी राखिल $ अमित के निगरानी में।

Comments